आज भोजपुरी विकास संस्थान, मुख्यालय – समाज कल्याण परिसर, आजमगढ़ में संगठन मंत्री अलोक सिंह जी के भांजे के जनम के शुभ अवसर पर कल्पवृक्ष के रोपण कइल गइल।
ई पावन काम न केवल पर्यावरण के बचावे खातिर एक सराहनीय कदम बा, बलुक एमें भारतीय संस्कृति आ परंपरा के भी गहिरा बोध बा — जहाँ हर नया जनम पर धरती माँ के आशीर्वाद में एक वृक्ष जरूर लगावल जाला।
संस्थान ई अवसर के “हर जनम के संगे एक जीवनदाता वृक्ष” अभियान के तहत मनवलस, जे आने वाला पीढ़ी खातिर हरियाली, स्वच्छता आ प्रकृति से जुड़ाव के संदेश देत बा।

